श्री सूबेदार पाण्डेय “आत्मानंद”
(आज “साप्ताहिक स्तम्भ -आत्मानंद साहित्य “ में प्रस्तुत है काशी निवासी लेखक श्री सूबेदार पाण्डेय जी द्वारा लिखित भोजपुरी भाषा में एक गीत “गांव गिरांव”। ई-अभिव्यक्ति समय समय पर क्षेत्रीय भाषाओं का साहित्य भी प्रकाशित करता रहता है जिनका हिंदी के विकास में महत्वपूर्ण योगदान रहा है। )
साप्ताहिक स्तम्भ – आत्मानंद साहित्य – भोजपुरी गीत – गांव – गिरांव ☆
दो शब्द रचना कार के—प्रस्तुत भोजपुरिया रचना भोजपुरी भाषा में पारिवारिक समाज का दर्पण है, जिसमें टूटते हुए संयुक्त परिवार की पीड़ा का एहसास है, तो बिगड़ते पारिवारिक रिश्तों का दर्द भी है। अपनी बोली की मिठास है तथा माटी की सौंधी सुगंध भी है। उम्मीद है कि भोजपुरी भाषा को बोलने समझने वाले हृदय की गहराई से इस रचना का आनंद उठा सकेंगे।— सूबेदार पाण्डेय
हम गांव हई अपने भितरा,
हम सुंदर साज सजाईला।
चनरू मंगरू चिथरू के साथे,
खुशियां रोज मनाई ला।
खेते खरिहाने गांव घरे,
खुशहाली चारिउ ओर रहल।
दुख में सुख में सब साथ रहल,
घर गांव के खेढा़ (समूह) बनल रहल।
दद्दा दादी चाची माई भउजी से,
कुनबा (परिवार) सारा भरल रहल।
सुख में दुख मे सब साथ रहै,
रिस्ता सबसे जुड़ल रहल।
ना जाने कइसन आंधी आइल,
सब तिनका-तिनका सब बिखर गयल ।
सब अपने स्वार्थ भुलाई गयल
रिस्ता नाता सब बिगरि गयल ।
माई बाबू अब भार लगै,
ससुराल से रिस्ता नया जुरल।
साली सरहज अब नीक लगै ,
बहिनी से रिस्ता टूटि गयल
भाई के प्रेम के बदले में,
नफ़रत कै उपहार मिलल।
घर गांव पराया लगै लगल ,
अपनापन सबसे खतम भयल ।
घर गांव लगै पिछड़ा पिछड़ा
जे जन्म से तोहरे साथ रहल।
संगी साथी सब बेगाना,
अपनापन शहर से तोहे मिलल।
छोड़ला आपन गांव देश,
शहरी पन पे तूं लुभा गइला।
का कुसूर रहल, गांवे कै
गांवें से काहे डेरा गइला।
अपने कुल में दाग लगवला ,
घर गांव क रीत भुला गइला।
© सुबेदार पांडेय “आत्मानंद”
संपर्क – ग्राम जमसार, सिंधोरा बाज़ार, वाराणसी – 221208, मोबा—6387407266
≈ ब्लॉग संपादक – श्री हेमन्त बावनकर/सम्पादक मंडल (हिन्दी) – श्री विवेक रंजन श्रीवास्तव ‘विनम्र’/श्री जय प्रकाश पाण्डेय ≈